Ghir Aayil Kariya Badariya

Alka Yagnik

घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल हाय
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल
तूफान हो उमिरिया तूफान हो गइल
कहिया तो अइहें संवरिया कजरिया सेयान हो गइल
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल

देहिया रहे ना सनेहिया में मातल
देहिया रहे ना सनेहिया में मातल
केहू से जाना जवनिया न जांतल
जवनिया न जांतल
कूहूकेले पूरबा बेयरिया चुनरिया पेसान हो गइल हो
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल

पिसेला नस नस बिरहा के बोलिया हो
पिसेला नस नस बिरहा के बोलिया
हाल सियावल सकेत भइलै चोलिया
सकेत भइलै चोलिया
केहू के लागल नजरिया
महुरवा के मान हो गइल हो
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल

जइबू पिया के गांव करके सिंगरवा
जइबू पिया के गांव करके सिंगरवा
जइबू पिया के गांव करके सिंगरवा
नच नच डोली लेके चलिहें कहरवा
हो चलिहें कहरवा
कबले छिपैबू सुरतिया पिरितिया जवान हो गइल हो
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल
तूफान हो उमिरिया तूफान हो उमिरिया गइल
कहिया तो अइहें संवरिया कजरिया सेयान हो गइल
घेर आइल करिया बदरिया उमिरिया तूफान हो गइल

Músicas mais populares de Alka Yagnik

Outros artistas de Indie rock